Hosted By
गोरखपुरिया भोजपुरिया
Place
Curry On Restaurant
Time
3 PM


Description

गोरखपुरिया भोजपुरिया के ओर से आवे वाला 23 मार्च तारीख के "फगुआ के जुटान" कार्यक्रम होई ।

कार्यक्रम पार्क रोड (सिटी मॉल के बगल में ) स्थित होटल करी ऑन में होई । कार्यक्रम के समय सांझी के 3 बजे से 6 बजे ले रही।

कार्यक्रम में अबीर गुलाल के साथे गीत संगीत, कविता आ हास्य व्यंग्य के तड़का रही । कार्यक्रम में परिवार के साथे अवले के निमंत्रण रही । 

कार्यक्रम में जुड़े खातिर सहयोग राशि 500 रुपया हवे। जानकारी खातिर 9559681277 नंबर पर फोन करीं।



Aayojak

गोरखपुरिया भोजपुरिया:

भोजपुरी माई के भाषा ह । ई अपने आप में विश्व के सबसे समृद्ध भाषा हवे। एकर मिठास आ भाव व्यक्त कईले के अद्भुत क्षमता एके सबसे अलग बनावे ले ।

बहुत दुख होला जब भोजपुरी भाषा के लोग कमतर आंकेलें आ बोलले में लजालें ।  जब देश के अन्य राज्यन में उहां के स्थानीय भाषा आ बोली के प्रयोग सम्मान के साथ होला आ लोग अपने भाषा के अपने सम्मान के साथ जोडलें त हम भोजपुरी भाषी लोग काहे न क सके ले । एही सोच के साथ गोरखपुरिया भोजपुरिया समूह बनावल गइल।

एक समूह में पिछले 3 साल में 1300 से अधिक लोग जुड़ ल बाड़े । ऐकर उद्देश्य भोजपुरी भाषा बोलले खातिर प्रोत्साहित कईल आ भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के संरक्षण ह ।